“बहुते झोलझाल बा, बढ़हन घोटाला भइल” — भ्रष्ट व्यवस्था पर डॉ. ओपी शर्मा ‘बबलू पंडित’ का करारा व्यंग्य

व्यंग


बहुते झोलझाल बा, बढ़हन घोटाला भइल।

योजना बनल गरीब खातिर, अमीरन के निवाला भइल,
गरीब के हक के पैसा, साहेबन के हवाला भइल।
दफ्तर-दफ्तर घूमे जनता, रिश्वत के बोलबाला भइल,
बहुते झोलझाल बा, बढ़हन घोटाला भइल।

अस्पताल में दवाई नाहीं, डॉक्टर करे आनाकानी,
गरीब गरीबी से मरे, या रिश्वत में हो तानातानी।
खून चूसे वाला बाहर के, मेडिकल वाला भइल,
बहुते झोलझाल बा, बढ़हन घोटाला भइल।

राशन के हकदार भूखल, गोदाम भरल अनाज बा,
गरीब के ह थाली खाली, बिचौलियन के बस राज बा।
कोटेदार करे भ्रष्टाचार, बेबसी ग़रीबी साला भइल,
बहुते झोलझाल बा, बढ़हन घोटाला भइल।

बेटी के इज्जत सुरक्षित हो, ई सपना सवाल भइल,
अपराधी खुले घूमे, कानून के हाल बेहाल भइल।
नारी के सुरक्षा, खोखला भाषण वाला भइल,
बहुते झोलझाल बा, बढ़हन घोटाला भइल।

आँखी से आन्हर जनता भइल, मुँह पर लागल ताला बा,
मलाई चाभे मंत्री-सांसद, भक्षक बनल रखवाला बा।
देश के जनता भूखी मरे, लुटेरन के निवाला भइल,
बहुते झोलझाल बा, बढ़हन घोटाला भइल।

स्कूलन में मास्टर नाहीं, पढ़ाई के हाल बेहाल बा,
डिग्री लेके घूमे नौजवान, रोजगार के अकाल बा।
नौकरी के नाम पर पैसा, दलालन के माला भइल,
बहुते झोलझाल बा, बढ़हन घोटाला भइल।

खेती करे किसान दिन-रात, लागत के बोझ से बेहाल बा,
फसल के सही दाम ना मिले, मंडी में दलालन के जाल बा।
कर्जा चढ़ल किसान के माथे, सूदखोरन के भाला भइल,
बहुते झोलझाल बा, बढ़हन घोटाला भइल।

महँगाई के मार से जनता, रोजे परेशान बा,
तेल-दाल के भाव बढ़ल, खाली भइल सामान बा।
कमाई अठन्नी रह गइल, खरचा रुपया वाला भइल,
बहुते झोलझाल बा, बढ़हन घोटाला भइल।

बिजली बिना घर अन्हियार, पानी खातिर हाहाकार बा,
बिल बढ़त जाए दिन-दूनी, सुविधा के नाम बेकार बा।
जनता के हलक सूख गइल, अफसर के घर उजियारा भइल,
बहुते झोलझाल बा, बढ़हन घोटाला भइल।

डा.ओ पी शर्मा बबलूपंडित हेल्थ एडवाइजर/मिशन सेवक
राष्ट्रीय अध्यक्ष – राष्ट्रीय शिव शक्ति संगठन भारत
जनसंपर्क अधिकारी – दिल्ली क्राइमप्रेस व भ्रष्टाचार विरोधी मोर्चा भारत
प्रदेश प्रवक्ता -भारतीय मीडिया फाउंडेशन यूथ विंग उत्तर प्रदेश
राष्ट्रीय संयुक्त मंत्री -अखिल भारतीय ब्राह्मण समन्वय समिति भारत
राष्ट्रीय संयोजक – राष्ट्रीय राजनैतिक समन्वयक मंच भारत
स्टेट ब्यूरो चीफ -10 तक प्लस न्यूज़ चैनल उत्तर प्रदेश
प्रधान संपादक -सच की ताकत न्यूज़ चैनल
सम्पर्क सूत्र -9208316963,
9118606963
8960413623

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *